जाने विधना के...

 



जाने विधना के कईसन इम्तहान हो गईल
शहर सुनसान..., लबालब खरिहान हो गइल
..............
कोरोना के फइलल बा अइसे कहर
जइसे दानवता के उगलल ज़हर
आदिमी से बा आदिमी के दूरी बढ़ल
अइसे मुदइयन के पहर बढ़ल
अब मौसम से सभे परेशान हो गइल
जाने विधना के कईसन इम्तहान हो गइल......


कबो आंधी, कबो पानी, कबो पथल परत बा
बोझा खरिहानी में धइले सरत बा
बदलल बा मौसम के अइसे नज़र
जइसे हो मउवत के चलल लहर
कतहीं लावका से घारवा वीरान हो गईल
जाने विधना के कईसन इम्तहान हो गइल......


लउकेना केनहूं से सुधरे के आशा
आदमी ना समझेला आदमी के भाषा
कहस बिजेंदर कइसे निमही ए भाई
ताबाही के चक्की में सभे पिसाई......, काहे कि...
साबका से दूबर किसान हो गइल
जाने विधना के कईसन इम्तहान हो गइल
...……………..


बिजेन्द्र कुमार तिवारी 
    (बिजेंदर बाबू)
गैरतपुर, मांझी 
सारण, बिहार
मोबाइल नंबर 7250299200


Popular posts
अस्त ग्रह बुरा नहीं और वक्री ग्रह उल्टा नहीं : ज्योतिष में वक्री व अस्त ग्रहों के प्रभाव को समझें
Image
परिणय दिवस की हार्दिक शुभकामनाएं
Image
गाई के गोवरे महादेव अंगना।लिपाई गजमोती आहो महादेव चौंका पुराई .....
Image
भोजपुरी भाषा अउर साहित्य के मनीषि बिमलेन्दु पाण्डेय जी के जन्मदिन के बहुते बधाई अउर शुभकामना
Image
भैया भाभी को परिणय सूत्र बंधन दिवस की हार्दिक शुभकामनाएं
Image