परिणय दिवस की हार्दिक शुभकामनाएं

 



शादी के सालगिरह प भइया भउजी के बधाई ,
हमहुँ खायेब मिल बाँट के खुबे आज मिठाई ।
आज के दिनवे त बड़ी खुशी आइल बा
कोर आँचरा के जोड़ गाँठ बन्हाईल बा ।।


भइया मोरा राम चन्द्र भउजी बाड़ी सीता 
एकदूजा के पहचान हउवें दिल के जीता
आंगन चहकत चिरइया जस सुनाइल बा ,
कोरा आँचरा के जोड़ गांठ बन्हाईल बा ।।


ईश्वर से करीं विनती हम खूब नीमन उ रहें
सुख भा दुख होखे संगे मिलके उ त$ सहें
रूप देखी के अंजोरिया चान सरमाइल बा
कोरा आँचरा के जोड़ गांठ बन्हाईल बा ।।


शैलेन्द्र कुमार तिवारी


Popular posts
सफेद दूब-
Image
अस्त ग्रह बुरा नहीं और वक्री ग्रह उल्टा नहीं : ज्योतिष में वक्री व अस्त ग्रहों के प्रभाव को समझें
Image
अभिनय की दुनिया का एक संघर्षशील अभिनेता की कहानी "
Image
कर्ज संकट की खास योग
Image
भोजपुरी भाषा अउर साहित्य के मनीषि बिमलेन्दु पाण्डेय जी के जन्मदिन के बहुते बधाई अउर शुभकामना
Image