पोसल कुकुरा पराइल ना हो

  


विद्या शंकर विद्यार्थी 

पोसल कुकुरा पराइल ना हो 

अगोरले बा दुअरा 

गइल मलिकवा त आइल ना हो, 

अगोरले बा दुअरा....। 


सुनले बा कुकुरा कोरोना बा आइल 

गइल मलिकवा त अबहीं ना आइल 

दसो नह ईश्वर से जोरले बा हो, अगोरले बा दुअरा...। 


मोरा मलिकवा के ठीक केहू करीत 

हमरा के बन्हकी भले केहू धरित 

सरधा में अँखिया के बोरले बा हो, 

अगोरले बा दुअरा....। 


अइसन बलिदान त अदिमियो ना देला 

दिन दुपहरिया बदला जबकि लेला 

रो रो के अँखिया दूनों फोरले बा हो, 

अगोरले बा दुअरा....

Popular posts
सफेद दूब-
Image
भोजपुरी भाषा अउर साहित्य के मनीषि बिमलेन्दु पाण्डेय जी के जन्मदिन के बहुते बधाई अउर शुभकामना
Image
जीवन के हर क्षेत्र में खेल महत्वपूर्णः संजय गुलाटी, भेल में अन्तर इकाई बास्केटबाल टूर्नामेंन्ट
Image
साहित्यिक परिचय : बिजेंद्र कुमार तिवारी
Image
मर्यादा पुरुषोत्तम राम  (दोहे)
Image