राउरो पनरे साल


पांच बरिस त तहार नेता जी अइसहींबा ,
      बाकिर के दस बरिसवा त$ वोइसहीं बा ।
       खड़खड़  खड़खड़  ठकठक  ठकठक ,
         टड़क चले भा टेम्पो रुकत ठहीं ठहिं बा।।


हमरे सोझा कहल सभका के रोजगार मिली ,
    निरोगी काया होखी अइसन उपचार मिली ।
      दर  दर   भटकत   से   झटकल  भटकत ,
        ना अस्पताल में सर संसाधन सही कहीँ बा ।।


बन्द परल मिलन के आँखियाँ राह जोहे ,
    केहू त आई छाती पर जामल घास सोहे ।
      टकटकी  टाह से लगा  के  देखत  देखत ,
        ना लउकत केहू कैंची लेके अब कहीं बा ।।


खम्हा पर तार बिजुरी के कहीं तार प खम्हा ,
     काहें बबुआ बात सुन भइल बाड़ अचम्हा ।
        सरकार ह$ चलत  चलत थाकल  थाकल 
           ना रफ़्तार में कहीं सही चलत अब रही बा ।।


टूटे असरा  जब  टूटे  घर में  लागल  ताला ,
    अबो त ओइसहीं बा लुटेरन के बोलबाला ।
      कहीं ठांय ठांय कहीं धांय धांय कहीं चुपके,
         ना डरे केहू बोलत अबो अब कहीं सही बा ।।


जवने खातिर अलगा भइनी उहे मिलल बखरा ,
    काहें नेता जी झटका दिहनी रउआ बड़का तगड़ा ।
      लुकाछिपी लुकाछिपी खेल में गइल गाड़ी आ झकड़ा ,
        राउरा लोगन के नेता जी सगरो होत बहा बही बा ।।


               
           ✍🏼
शैलेन्द्र कुमार तिवारी
ग्राम+पोस्ट : असहनी
जिला : छपरा ( सारण )
           बिहार


Popular posts
अस्त ग्रह बुरा नहीं और वक्री ग्रह उल्टा नहीं : ज्योतिष में वक्री व अस्त ग्रहों के प्रभाव को समझें
Image
ठाकुर  की रखैल
Image
दि ग्राम टुडे न्यूज पोर्टल पर लाइव हैं यमुनानगर हरियाणा से कवियत्री सीमा कौशल
Image
दि ग्राम टुडे न्यूज पोर्टल पर लाइव हैं लखीमपुर से कवि गोविंद कुमार गुप्ता
Image
दि ग्राम टुडे न्यूज पोर्टल पर लाइव हैं प्रो आराधना प्रियदर्शिनी जी हजारीबाग झारखंड से
Image