जिनगी खाली पन्ना बा

 



"जिनगी खाली पन्ना बा


न कोरा बा---


ना भरल बा,


बुझाते नइखे कि


कब कइसे का हो गइल


आ लिखे के चहनी त


आँखी के अलोप हो गइल


 


अन्हरिया राती में भी त


भोर के किरकिट


सन अंजोर हो गइल


आ,उठे जब चहनी


त मनवा थोर हो गइल


गोडे- हाथें अब त


आस पियराइल बा


मनवे के बात अब


मन में समाइल बा


 


कइसे कहीं कि


जिनगी में उछाह भरल बा


जिनगी करिया आ


मन उजास भरल बा


कुकूके कोइलर कि


पपीहा तरसावेला


अमवा के बाग में


निमिया रोपायिल बा


 


लिखे चल संगे कि


जिनगी लिखल जाव


मन के विशेख 


अब रूप देहल जाव


बहुत तरसल जिनगी


अब तनी हँसे द


रोए ना पाए अखियां


तनी लोर पोंछे द,,,,,,


★★★★★★


 डा.  मधुबाला श्रीवास्तव 


 


Popular posts
अस्त ग्रह बुरा नहीं और वक्री ग्रह उल्टा नहीं : ज्योतिष में वक्री व अस्त ग्रहों के प्रभाव को समझें
Image
दि ग्राम टुडे न्यूज पोर्टल पर लाइव हैं इंदौर मध्यप्रदेश से हेमलता शर्मा भोली बेन
Image
दि ग्राम टुडे न्यूज पोर्टल पर लाइव हैं अनिल कुमार दुबे "अंशु"
Image
दि ग्राम टुडे न्यूज पोर्टल पर लाइव हैं लखीमपुर से कवि गोविंद कुमार गुप्ता
Image
हिंदी दिवस
Image