नाराज मित्र

तू ना हमार भइलs,त हम तहार कइसे।
दिल मे दरार बाटे कहs ना प्यार कइसे।।
तहरा घरे जो गइनीं,मिललs कबो ना हँसिके,
अइल जतावे नेहिया,हमरा दुआर कइसे।।
गिरि पावं पर मनवलीं,एतना बड़ सभा मे,
तबहु तु नाहि मनलs,मरलs लतार कइसे।।
चाही सुने के अरजि,सउदा गरज के होला।
करि के विचार कहि दs, हत बे विचार कइसे।।
कहलs की सगरे जग में,हमही प्रकाश देनी,
गरहन कवन लागल बा,तहरा अन्हार कइसे।।
           【【【आज मित्र 】】】
अइली ह माफी मांगें, कही का यार कइसे,
कुकर्म जेहिला कइली,देलसि दुत्कार कइसे।।
समझ ना का करी हम,कइसे जिहि का खाई,
दुधे के मक्खी कइलसि,हमरे हमार कइसे।।
          [ [ [ कुर्बान मित्र:-] ] ]
दुःख दर्द साथ देला,उहे हित मीत हउए,
हमरा जियत में जिनिगि,साथी बेजार कइसे।।
हमरा के माफ़ करि दs,अंजाने दिल दुखवनी।
बिना यार के दिवाकर,जिनिगि हमार कइसे।।


दिवाकर उपाध्याय 
रामगढ़,सिवान
9955759166


Popular posts
अस्त ग्रह बुरा नहीं और वक्री ग्रह उल्टा नहीं : ज्योतिष में वक्री व अस्त ग्रहों के प्रभाव को समझें
Image
गाई के गोवरे महादेव अंगना।लिपाई गजमोती आहो महादेव चौंका पुराई .....
Image
पीहू को जन्मदिन की हार्दिक शुभकामनाएं
Image
ठाकुर  की रखैल
Image
कोरोना की जंग में वास्तव हीरो  हैं लैब टेक्नीशियन
Image