कोरोना

 



"कइसे हम आयीं दुआर सजनी
कइसे हम आयीं दुआर--2
*********
संकट आइल लमहर इ त
निगल न जाए हमनी के 
जइसे नदिया बढ़िआइल त
इ  डूबा न देबे हमनी के
तनिका रुक जा बतिया सुनs
फेरु हो जाइ भिनसार सजनी
कइसे हम ---------
********
चारु ओरि पहरा बा लागल
धधकत हिया सभे जरावेलें
फइलल बा सगरो मुँह लागल
केकर आगी के दूनी बुतावेलें
पुरवइया भइल बेमार सजनी
कइसे हम------
********
दुअरा सुना अँगना सुना
सुन भइलन दउरी दोकान
मोबाइल पर खबरी के ताना
सुन भइल रहिया बेगान
रहिया तकिहs हमार सजनी
कइसे हम------
*******
दुख के दिन जइहें ओराई
अमरायी फेर गमक ले अइहे
डाल गलबहियां ओट धरायी
सुख के दिन लवट फेरु अइहे
सुख के सेज सजी फेरु सजनी
तब हम आइब दुआर सजनी
फिर हम आइब दुआर सजनी
*********
~ डॉ मधुबाला सिन्हा ~


Popular posts
अस्त ग्रह बुरा नहीं और वक्री ग्रह उल्टा नहीं : ज्योतिष में वक्री व अस्त ग्रहों के प्रभाव को समझें
Image
गाई के गोवरे महादेव अंगना।लिपाई गजमोती आहो महादेव चौंका पुराई .....
Image
ठाकुर  की रखैल
Image
दि ग्राम टुडे न्यूज पोर्टल पर लाइव हैं अनिल कुमार दुबे "अंशु"
Image
दि ग्राम टुडे न्यूज पोर्टल पर लाइव हैं यमुनानगर हरियाणा से कवियत्री सीमा कौशल
Image