*व्यंग*         "ए सइयाँ हमरो के मुखिया बना दीं "

 




ऐ सइयाँ हमरो के मुखिया बना दीं , 
होता नामनेसन आज हमरो करा दीं।
कहीं त चले खातिर कागज सरिया दीं।।


 ऐ सइयाँ हमरो के मुखिया बना दीं ।।


कइनी रंगदारीs बड़ा राउर नाम बा ,
निचे से ऊपर ले राउर पहचान बा ।
पंचाइत के मउगिन में आगे बढ़ा  दीं।


    ऐ सइयाँ हमरो के मुखिया बना दीं ।।


पिनसिन इंदिरा आवास रउवे बनवाइब,
मन करी जहवां हम से सही कारवाइब् ।
चलीं संगे संगे हमरा परचा छपवा दीं ।


     ऐ सइयाँ हमरो के मुखिया बना दीं ।।


खर्चा कुछ कम बा त खेत बारी बा नू ,
मंत्रीयो जी रउआ के कहिले डिअर जानू ।
आइल बा समय अब उहों के बता दीं ।।


ए सइयाँ हमरो के मुखिया बना दीं ।।


सुनतानी भोट खातिर पइसा बँटाला ,
परहे नू नेता जी के पहूना कइले घोटाला।
उहों के लगे तनी रउआ फोनवा लगा दीं ।।


ए सइयाँ हमरो के मुखिया बना दीं ।।



              ✍️
शैलेन्द्र कुमार तिवारी
सिंगरवा, अहमदाबाद 
         गुजरात


Popular posts
अस्त ग्रह बुरा नहीं और वक्री ग्रह उल्टा नहीं : ज्योतिष में वक्री व अस्त ग्रहों के प्रभाव को समझें
Image
गाई के गोवरे महादेव अंगना।लिपाई गजमोती आहो महादेव चौंका पुराई .....
Image
पीहू को जन्मदिन की हार्दिक शुभकामनाएं
Image
ठाकुर  की रखैल
Image
कोरोना की जंग में वास्तव हीरो  हैं लैब टेक्नीशियन
Image