साठा के पाठा
🌹

 

साठा का पाठा के, कहानी गज़ब बा,

   अनुभव से भरल जिनगानी गजब बा।

        

हारल ना अब तक का दउड़ धूप से,

     देखी के जवनकु का हैरानी गजब बा।

 

हर महफ़िल के नजर इनहीं प टीके,

      एह बात से सबका परेशानी गजब बा।

 

मान ल तूं इनकर हस्ती दिल खोल के,

      प्रतियोगिता कइला में नादानी गजब बा।

 

डेगे डेग तोहके देखावस उ रहीया,

      तोहरा पर उनकर ई मेहरबानी गजब बा।

 

संजय कुमार ओझा

गांव+ पोस्ट : धनगड़हाँ,

जिला : छपरा, बिहार

पेशा : इलेक्ट्रिकल इंजीनियर

वर्तमान निवास : गाजियाबाद, उ. प्र.

सनेस: भोजपुरी के जुबान पर नाहीं दिल में राखीं, जुबान पर अपने से आ जाई।

Popular posts
गाई के गोवरे महादेव अंगना।लिपाई गजमोती आहो महादेव चौंका पुराई .....
Image
अस्त ग्रह बुरा नहीं और वक्री ग्रह उल्टा नहीं : ज्योतिष में वक्री व अस्त ग्रहों के प्रभाव को समझें
Image
दि ग्राम टुडे न्यूज पोर्टल पर लाइव हैं अनिल कुमार दुबे "अंशु"
Image
परिणय दिवस की हार्दिक शुभकामनाएं
Image
पितृपक्ष के पावन अवसर पर पौधारोपण करें- अध्यक्ष डाँ रश्मि शुकला
Image