कवन देशे कृष्ण जी के जनम भयो हरि झूमरी?
अब कवन देशे बाजेला बधाव खेलब हरि झूमरी ?----२
मथुरा में कृष्ण जी के जनम भयो हरि झूमरी,
गोकुला देशे बाजेला बधाव खेलब हरि झूमरी----२
कहवाँ से आवेला माखन मिसरी हरि झूमरी ?
कहवाँ से आवेला गुलाल खेलब हरि झूमरी ?--२
मटका से आवेला माखन मिसरी हरि झूमरी,
बरसाने से आवेला गुलाल खेलब हरि झूमरी ?--२
लिखि लिख पाती श्रीकृष्ण पठायो हरि झूमरी,
अब होखऽ राधा सजि के तइयार खेलब हरि झूमरी--२
लिखि लिखि पाती राधा रानी पेठायो हरि झूमरी,
अब उड़ी आई नन्दकिशोर खेलब हरि झूमरी--२
दिलीप पैनाली
सैखोवाघाट
तिनसुकिया
असम
9707096238