माई खातिर आज के परिवेस

 

माया शर्मा

हाँक माई लगावल खता हो गइल।

सब कहेला गँवारे पता हो गइल।।१।।



लेइ काँखे-पिठइयाँ चले ऊ कबो,

हाथ अँङुरी धरावल हवा हो गइल।।२।।


आजु मम्मी कहाली अउर माम सब,

लोग फैसन बना के भला हो गइल।।३।।


दूध माई क बड़हन रहल कर्ज तब,

आजु ओके चुकावल बुरा हो गइल।।४।।


पालि के पोंसि के ऊ सयाना करें,

साथ उनके निभावल मना हो गइल।।५।।


माया शर्मा,

पंचदेवरी,गोपालगंज(बिहार)

Popular posts
अस्त ग्रह बुरा नहीं और वक्री ग्रह उल्टा नहीं : ज्योतिष में वक्री व अस्त ग्रहों के प्रभाव को समझें
Image
पितृपक्ष के पावन अवसर पर पौधारोपण करें- अध्यक्ष डाँ रश्मि शुकला
Image
दि ग्राम टुडे न्यूज पोर्टल पर लाइव हैं अनिल कुमार दुबे "अंशु"
Image
दि ग्राम टुडे न्यूज पोर्टल पर लाइव हैं इंदौर मध्यप्रदेश से हेमलता शर्मा भोली बेन
Image
दि ग्राम टुडे न्यूज पोर्टल पर लाइव हैं रुड़की उत्तराखंड से एकता शर्मा
Image