मतलब के संघतिया



विद्या शंकर विद्यार्थी 

बनल के संघतिया मिल जालन, 

बिगड़ल के इयार ना मिलस 


भरोसा तऽ बहुत लोग देलन इहाँ

समय पर केहू तइयार ना मिलस


घर गिरावे के होखे त मिल जालन

पलानी उठावे के लोग तइयार ना मिलस 


आग धरावे के होखे त मिल जालन 

डाढ़ा बुतावे के होशियार ना मिलस 


इहे सोचे समझे के बा दरकार के दुनिया में 

मिलेलन संघतिया एगो कहीं 

गाँव टोला जवार ना मिलस 


ना गिरल होखीं त देख लिहीं गिर के दुनिया में 

हबकुरल के हाथ लगावे के कबो तइयार ना मिलस। 




Popular posts
अस्त ग्रह बुरा नहीं और वक्री ग्रह उल्टा नहीं : ज्योतिष में वक्री व अस्त ग्रहों के प्रभाव को समझें
Image
गाई के गोवरे महादेव अंगना।लिपाई गजमोती आहो महादेव चौंका पुराई .....
Image
दि ग्राम टुडे न्यूज पोर्टल पर लाइव हैं लखीमपुर से कवि गोविंद कुमार गुप्ता
Image
पितृपक्ष के पावन अवसर पर पौधारोपण करें- अध्यक्ष डाँ रश्मि शुकला
Image
दि ग्राम टुडे न्यूज पोर्टल पर लाइव हैं रुड़की उत्तराखंड से एकता शर्मा
Image