राष्ट्रभक्ति ग़ज़ल


शान बा आपन तिरंगा जान से प्यारा वतन।


मान आ मर्जाद से संसार में न्यारा वतन।


 


ठाढ़ बा पर्बत हिमालय चीर के असमान के,


धीर के धरती कहाला बीर के नारा वतन।


 


धर्म के धाजा इहाँ फहरे गगन में आन से,


नेह के दरियाव ई अरु प्रेम के धारा वतन।


 


भगत के ई खून हउवे पुण्य ई आजादके,


साँस भारत देश के आ नैन के तारा वतन।


 


प्रीत के पैगाम देला गीत गावे नीति के


जुद्धके ललकार हउवे विजय जैकारा वतन।


 


अमरेन्द्र


आरा


Popular posts
अस्त ग्रह बुरा नहीं और वक्री ग्रह उल्टा नहीं : ज्योतिष में वक्री व अस्त ग्रहों के प्रभाव को समझें
Image
गाई के गोवरे महादेव अंगना।लिपाई गजमोती आहो महादेव चौंका पुराई .....
Image
पीहू को जन्मदिन की हार्दिक शुभकामनाएं
Image
ठाकुर  की रखैल
Image
कोरोना की जंग में वास्तव हीरो  हैं लैब टेक्नीशियन
Image