माँ गंगे

 



"हिम-खोह में छुपल बा


अनवरत निरन्तर बहता


कल-कल ध्वनि सँग त


उ धरती के माथ चूमता


 


एको बुनी अमृत-जस त


केहू के तबले ना भेंटायी


मन के पवितर बनी ना त


उ लउकी ,आ ललचायी


 


कहल जाला शीव-जटा से


इ प्रवाह त निकसल बा


आ गवे-गवे सम्पूर्ण धरा के


अपना में त समेटले बा


 


जीवनदायिनी मातु इ हवि


सगरे बात इ पसरल बा


हे माँ गंगे,अमृत बरसा द


जीवन पापी इ भइल बा


 


हहरत-घहरत दूध-धार त


स्वर्ग से उतरल आइल बा


हे माँ कर अब दया पुत्र पर


करबद्ध त खाड़ भइल बा


 


पाप-पुण्य ना जानी हमनी


हरहर महादेव बस कही ला


ए जग जननी पतित पावनी


निर्मल काया बस अब करीला,,,,,,


★★★★★★★


डॉ मधुबाला सिन्हा


मोतिहारी


Popular posts
अस्त ग्रह बुरा नहीं और वक्री ग्रह उल्टा नहीं : ज्योतिष में वक्री व अस्त ग्रहों के प्रभाव को समझें
Image
गाई के गोवरे महादेव अंगना।लिपाई गजमोती आहो महादेव चौंका पुराई .....
Image
पीहू को जन्मदिन की हार्दिक शुभकामनाएं
Image
ठाकुर  की रखैल
Image
कोरोना की जंग में वास्तव हीरो  हैं लैब टेक्नीशियन
Image