मिर्जापुरी कजरी 

सखी कजरि के दीना नगिचान बा हियरा डेरान बा ना
पिया गवा हएन विदेश भेजे कउनो ना सनेस
लागे मनवां मां ठेसि छोडि देइं इहई देस 
नेहिया के लपटउना लपटान बा पतवा परान बा ना
सखी कजरि के दीना नगिचान बा हियरा डेरान बा ना
बदरा बरिसई झकझोर अब पिरावई कोरे कोर
झूला महुआ के डार पेंग मारई मना मोर
पिया बिना मोरी रहिया बिरान बा सुखल ई परान बा ना
सखी कजरि के दीना नगिचान बा हियरा डेरान बा ना
आवई कऊनउं ना सनेस ऊ पराने कऊनई देश
देवता पितर हम मनाई सुनई हे सिरि गनेस
सन्झिया बितई ना बीतई बिहान बा मना अब बिरान भा ना
सखी कजरि के दीना नगिचान बा हियरा डेरान बा ना
♧♧♧♧♧♧♧♧♧♧♧
सम्पूर्णा नन्द द्विवेदी


लखनऊ


Popular posts
अस्त ग्रह बुरा नहीं और वक्री ग्रह उल्टा नहीं : ज्योतिष में वक्री व अस्त ग्रहों के प्रभाव को समझें
Image
दि ग्राम टुडे न्यूज पोर्टल पर लाइव हैं लखीमपुर से कवि गोविंद कुमार गुप्ता
Image
दि ग्राम टुडे न्यूज पोर्टल पर लाइव हैं बरेली उत्तर प्रदेश से राजेश प्रजापति
Image
दि ग्राम टुडे न्यूज पोर्टल पर लाइव हैं रुड़की उत्तराखंड से एकता शर्मा
Image
दि ग्राम टुडे न्यूज पोर्टल पर लाइव हैं अनिल कुमार दुबे "अंशु"
Image