करोना माई एगो अन्धविस्वास

 



सूरुज कऊ फेरा उगें,उगत रहें।उनका कइले बिहान ना होई।जबले बुद्धि आ विवेक के दीया सबकी भीतर ना जरी।
       एकर परमाण बा कि आजु जवना रोग के पूरा दुनियाँ ना भगा पावल अबहिन ले।ऊ रोग अपनी देश में आके माई के रूप ले लिहलस।नाँव बा करोना माई।अब ऊ लोग के सपना देखलावत बाड़ी।कि हम देवी हईं।दुनियाँ में बड़ी अत्याचार बढि गइल बा।एही से करोना बनि के आइल बानी।नौ गो लड्डू आ फूल-खाँड़ जे कूरखेत में जा के चढाई।ओकरी घरे करोना कब्बो ना जाई।ओके कवनो बचे वाला तरीका अपनवले के जरूरत ना रहि जाई।
       ई बाति के बतावत एगो विडियो का आइल कि माटी के तेल की तरे पूरा गाँव-जवार,देश-परदेश फइल गइल।अब गाँव के मेहरारू काहे ना अपनी सर-सवाँग के रक्षा मनावे।आजु सोमार ह।गाँव के हलुआई के पुरनका दिन लवटि गइल बा।मार लड्डू पर लड्डू तउला रहल बा।मेहरारू लोग नहा-धोवा के कूरखेत के ओर आपन रुख क लेले बा।
           बड़ी हास्यास्पद बा ए सोच के।आ ई प्रत्यक्ष लउकत बा।कि कवनो अफवाह के तरे फइलेला।ओ विडियो बनावे वाला आ ओके फइलावे वाला के धिक्कार बा।ऊ विडियो हम ईहा नइखीं  पेश करत।काहें कि पेश कइलो एक तरह से सह दिहल होई।बाकिर मेहरारू लोगिन के फोटो जरूर देखा सकत बानी पूजा में जात के।
        अब बताई..कइसे मानल जाई कि बिहान हो गइल बा।दिन त रोज होता राति रोज होता।बाकिर समाज में अन्हरिया त हरदम अमावसे के बा। ई अमावस कहिया ले रही,के जानत बा।ए अन्हरिया के फायदा जे उठावे से।बाकी त गर्त में जाते बा।
                     
माया शर्मा


पंचदेवरी,गोपालगंज(बिहार)*


Popular posts
अस्त ग्रह बुरा नहीं और वक्री ग्रह उल्टा नहीं : ज्योतिष में वक्री व अस्त ग्रहों के प्रभाव को समझें
Image
गाई के गोवरे महादेव अंगना।लिपाई गजमोती आहो महादेव चौंका पुराई .....
Image
पीहू को जन्मदिन की हार्दिक शुभकामनाएं
Image
ठाकुर  की रखैल
Image
कोरोना की जंग में वास्तव हीरो  हैं लैब टेक्नीशियन
Image