हाही बैमान


सगरी मानवता के मान कइलस घाही
देखहीं में लागे बैमान इहो हाही


रिश्ता के ना मोल, नाही डर बा ईमान के
बात बतियावे इहो, सागरी जहान के
अगल-बगल सगरो मचवलस ताबाही
देखहीं में लागे बैमान इहो हाही


कहीं ई पेट काटे कफनो चोरावेला 
संस्कार हीन लोग के, मिलते मिलावेला
करे कुकरम हऽ कुकरमे के राही
देखहीं में लागे बैमान इहो हाही


लात से ई माने एके बात ना बुझाला
नेक-सांच लोग एकरा से बहुते डेराला
कहस बिजेंदर हवे बाड़ा खारखाही
देखहीं में लागे बैमान इहो हाही


बिजेंद्र कुमार तिवारी
     बिजेंदर बाबू
गैरतपुर, मांझी
सारण, बिहार
मोबाइल नंबर:- 7250299200


 


 


Popular posts
अस्त ग्रह बुरा नहीं और वक्री ग्रह उल्टा नहीं : ज्योतिष में वक्री व अस्त ग्रहों के प्रभाव को समझें
Image
पितृपक्ष के पावन अवसर पर पौधारोपण करें- अध्यक्ष डाँ रश्मि शुकला
Image
दि ग्राम टुडे न्यूज पोर्टल पर लाइव हैं अनिल कुमार दुबे "अंशु"
Image
दि ग्राम टुडे न्यूज पोर्टल पर लाइव हैं इंदौर मध्यप्रदेश से हेमलता शर्मा भोली बेन
Image
दि ग्राम टुडे न्यूज पोर्टल पर लाइव हैं रुड़की उत्तराखंड से एकता शर्मा
Image