माई के जइसन दुनियां में केहू नइखे$

 



माई के जइसन दुनियां में केहू नइखे$ ,
केहू कतनो दुलारी बाकिर माई नइखे$ ।।माई।।0।।

ओकरा चरण$ में बसेला धाम कुल्हि$,
बात इहे कहेला$  वेद - पुराण कुल्ही$।
सेवा करत माई के पूजा रउआ करत रहीं 
दुधवा में मिठाई$ कवनो त कम नइखे $।। माई ।।0।।

माई के ममता के नापे ना नापना कवनो$,
माई के नउवे से दूर होला आफत कवनो ।
गोड़वा छू के निकल$ भइया घर से कहीं ,
ओकर त आशीष वरदान से कम नइखे $।।माई।।0।।

कहीं से अइला पर कहले हमरो माई$ ,
बबुआ होखब$ भुखाइल  तूँ अबहीं$।
आँचरा से पोंछेले मुँहवा माई$ हमार ,
ओ अंचरवा के जगहा केहू और नइखे$ ।।माई।।0।।

करिया टीका मुड़ी पर लगावे$ माई$
कवनो नजर गुजर से$ बंचावे माई$।
भइनी जहिया से हम ए भइया सयान,
अब नजरिया से केहू बचावत नइखे$।।माई।।0।।

महतारी (मातृ) दिवस पर दुनिया के सभ महतारी के प्रणाम करत हम बधाई दे तानी । 

---------------------------------------------------
                     ✍️
          शैलेन्द्र कुमार तिवारी
          ग्राम+पोस्ट: असहनी
          थाना : रसूलपुर
          जिला : छपरा (सारण)
                     बिहार 


Popular posts
गाई के गोवरे महादेव अंगना।लिपाई गजमोती आहो महादेव चौंका पुराई .....
Image
अस्त ग्रह बुरा नहीं और वक्री ग्रह उल्टा नहीं : ज्योतिष में वक्री व अस्त ग्रहों के प्रभाव को समझें
Image
परिणय दिवस की हार्दिक शुभकामनाएं
Image
दि ग्राम टुडे न्यूज पोर्टल पर लाइव हैं लखीमपुर से कवि गोविंद कुमार गुप्ता
Image
दि ग्राम टुडे न्यूज पोर्टल पर लाइव हैं अनिल कुमार दुबे "अंशु"
Image