व्यंग

 



...…चलत रहे उनकर परीक्षा ,
........मन में हमरो रहे इक्षा ।
तबले फोनवा उनकर आइल ,
जियरा हमरो खूब धधाइल।
बहाना हमरो अब बनावे के परी ,
चिट उनका के पहुंचावे के पारी ।।


.........उ ट्रेन पकड़ली धावल ,
.....…मन हमरो ना रह पावल ।
हमहुँ बाइक तेज चलवनी,
घरे हेल्मेट छोड़ के गइनी ।
बुझाईल अब चालान भरे के परी,
चिट उनका के पहुंचावे के परी  ।।


हम त बुझनी पानी में मेहनत गइल ,
तले कॉलेज के गेटे पर नू भेंट भइल ।
........कहली निमन कइनी ह आके ,
..........आ अब जाइब चिट धराके ।
कुछ पावे खातिर  मेहनत करके परी,
        चिट उनका के पहुंचावे के पारी ।।


लगे बइठनी हम पढनिहार के ,
चिट लिखाईल खूब सरिहार के ।
......जंगला से ऐने ओने तकनी ,
कोना में लउकल उनकर ओढ़नी ,
चिट पावे खातिर हाथ हिलावे के परी ।
 ......चिट उनका के पहुंचावे के परी ।।


चिट बेंच के नीचे दिहनी फेंक ,
तसहीं पुलिस लिहलस देख ।
पकड़े के चहलस उ दउरा के ,
......भगनी हमहुँ मन बना के ।
बुझाई गहुँ केहू के लासारे के परी,
चिट उनका के पहुंचावे के परी।।


..........उ दउरे खेत के कगरी ,
....हम लसरनी फसल सगरी ।
जसहीं ओकरा से पीछा छूटल ,
ओने से खेतवाह के बात छूटल ।


" कवन ह मय खेत लासार दिहलस "


बुझाइल कहीं देंह छुपावे के परी ,
चिट उनका के पहुंचावे के परी ।।


सोंचनी फेरु मन बना के जाईं ,
तले चिल्लाईल केहू माई माई ।
पूछनी का भइल ह भाई ,
कहले जम कइलस कुटाई ।
मन के बात मने में छुपावे के परी,
चिट उनका के पहुंचावे के परी ।।


 


        ✍️
शैलेन्द्र कुमार तिवारी 
सिंगरवा , अहमदाबाद 
गुजरात ।


Popular posts
अस्त ग्रह बुरा नहीं और वक्री ग्रह उल्टा नहीं : ज्योतिष में वक्री व अस्त ग्रहों के प्रभाव को समझें
Image
गाई के गोवरे महादेव अंगना।लिपाई गजमोती आहो महादेव चौंका पुराई .....
Image
पीहू को जन्मदिन की हार्दिक शुभकामनाएं
Image
ठाकुर  की रखैल
Image
कोरोना की जंग में वास्तव हीरो  हैं लैब टेक्नीशियन
Image