ख्याल होखी

 



जिनिगी जब करतऽ , सवाल होखी।
रात दिन ओकरे बस, ख्याल होखी।।


दिल में धड़कत, रही जे, प्रीत बनल।३
वक्त बदलत, बदल , गइल होखी।
रात-दिन ओकरे बस, ख्याल होखी।।
जिनिगी जब करतऽ , सवाल होखी।।


समय के साथ, चली जे, राह पा जाई।३
ना तऽ सउँसी उमिर, मलाल होखी।। 
रात-दिन ओकरे बस, ख्याल होखी।।
जिनिगी जब करतऽ सवाल होखी।।


झूठ के ढोल, पीटल, भल लागेला।३
सांच बोलबऽ तऽ फेर, बवाल होखी।। 
रात-दिन ओकरे बस, ख्याल होखी।।
जिनिगी जब करतऽ सवाल होखी।।


आपन होई तऽ सताई, लगाई मरहम।
दर्द दिही तऽ फेरु, कमाल होखी।।
रात-दिन ओकरे बस, ख्याल होखी।।
जिनिगी जब करतऽ सवाल होखी।।


गाँव-घर, शहर, बन, रहलऽ काहे।
आँधी पछुआ, उहाँ, बहल होखी।।
रात दिन ओकरे बस, ख्याल होखी।।


ओस के बूँद, कहीं भा, चांद के रोवलऽ।
नीर तिनका सजल  जमाल होखी।।
रात-दिन ओकरे बस ख्याल होखी।।
जिनगी जब करतऽ, सवाल होखी।।
====================
©® निर्भय नीर
एकमा सारण बिहार


Popular posts
अस्त ग्रह बुरा नहीं और वक्री ग्रह उल्टा नहीं : ज्योतिष में वक्री व अस्त ग्रहों के प्रभाव को समझें
Image
गाई के गोवरे महादेव अंगना।लिपाई गजमोती आहो महादेव चौंका पुराई .....
Image
पीहू को जन्मदिन की हार्दिक शुभकामनाएं
Image
ठाकुर  की रखैल
Image
कोरोना की जंग में वास्तव हीरो  हैं लैब टेक्नीशियन
Image