बात अइसन की सभे धोखा खा गइल

 



बात अइसन की सभे धोखा खा गइल।
बात केतना सांच बा सभका बूझा गइल। 
                


             चान तारा के जे लोग देखले रहेs सपना।
               ओकरा दिने में अंधरियां छा गइल।


बात अइसन की सभे धोखा खा गइल।
बात केतना सांच बा सभका बूझा गइल।


             सभ कुछ बड़ बड़ लोग के देवल जाता। 
             गरीब के तs आगे से कौरा छीना गइल।
     
बात अइसन की सभे धोखा खा गइल।
बात केतना सांच बा सभका बूझा गइल।।


     मंहगाई बेरोजगारी तs कमर तोड़ देला बा
      अब लागत बा कि सभे केहू घबड़ा गइल।।


बात अइसन की सभे धोखा खा गइल।
बात केतना सांच बा सभका बूझा गइल।।
   


       सभका बा आसा की अब सुधरी दासा।
        एतने दिन में सभे केहू अगूता गइल।


बात अइसन की सभे धोखा खा गइल।
बात केतना सांच बा सभका बूझा गइल।।


    बदली समय सभे केहू के इहे बा आस


   अब तs लागत बा कि उनका भी बूझा गइल।


  
बात अइसन की सभे धोखा खा गइल।
बात केतना सांच बा सभका बूझा गइल।।


असलम सागर
छपरा बिहार 
९९३४४७३८७७


Popular posts
अस्त ग्रह बुरा नहीं और वक्री ग्रह उल्टा नहीं : ज्योतिष में वक्री व अस्त ग्रहों के प्रभाव को समझें
Image
गाई के गोवरे महादेव अंगना।लिपाई गजमोती आहो महादेव चौंका पुराई .....
Image
पीहू को जन्मदिन की हार्दिक शुभकामनाएं
Image
ठाकुर  की रखैल
Image
कोरोना की जंग में वास्तव हीरो  हैं लैब टेक्नीशियन
Image