पुरवी के राजा महेन्द्र बाबा

 



आजु हमहु एगो अदभुत 
काथा सुनावत बानी
रहले आपन देशवाके संत
कईले गोरवन पापियन के अंत
सुनी आ इनकाके रउआ जानी।
बाबूजी बाबा शिवशंकर रहले
देवी श्री रहली जेकर माई 
जोड़ जुल्म होत देख धरतीपे,
नब्बे दशकवामे अवतार लिहलेहो भाई।
गुण गेयान से भरल रहले
जस पानीसे भरल रहे समुनदर
बाणी भाखा हरमेश मिठा निकलल
मिसरवलियाके  हनुमान रहले बाबा महेन्दर।
लईकाईमे गोर काठी सुनर लागस
मुहवा मे माई सुरसती बिराजस।
गरजियन पर बिरिटिस हुकुमतके चिकरत देखले
आखी के पानी भीतरे रह गईले
जान तेयाग पापियन से जुध्दवामे कुद गईले।
बोलल खाईल पियल सब मसकिल रहे
बहुत    होत    रहे  अतेयाचार
ईहे देख बाबा नोटवा छापे लगले
पापियन शासन पर कर दिहले परहार।
तेजवा इनकर देख ओकनी के 
 निन्ह ना आवे बेचैन खुबे भईले
राजशाही के घमंडमे चूर ईरहले
पता लागावेला सीआईडी
जटासंकर गोपीचनके भेजऽवले।
गोपी बिरिटिस के जासूस रहले
बनीके आईल रहले बाबाके नोकर
बहुत दिन तक दुःख सुखवामे साथ निभईले
हम सभनी भाई समाजमें हितैसी भईले
मालुम चलल बाद ई रहे गोरवनके जासुसी लोफर।
भाई नियन तु रहलऽई कवन कईलऽ खेल
तहरा के हम आपन समझनी आ
तु हमके करा दिहलऽ जेल।
जेलवा रहते बाबा अपूर्व रामायण
 लिखले रहले पुरबी जनमदाता 
आजादी में गान्धी सुबास आ
 राम शुक्लाके साथ निभवले
 कहईले भारत भाग्य बिधाता।
पुरा देश दुनिया मे घूमनी
सगरी राउर चरचा सुन खुशीसे ओतप्रोत भईनी।
महिमा अपरंपारबा राउर रहनी देशवाके शान
गर्व से सीना चउरा करी"साधु"
 करेले  राउर  खुबे  गुणगान ।।


शैलेन्द्र कुमार साधु 
पं०महेन्द्र मिश्र के मिश्रवलिया
 जलालपुर ,सारण, बिहार 
संपर्क 9504971524


Popular posts
अस्त ग्रह बुरा नहीं और वक्री ग्रह उल्टा नहीं : ज्योतिष में वक्री व अस्त ग्रहों के प्रभाव को समझें
Image
गाई के गोवरे महादेव अंगना।लिपाई गजमोती आहो महादेव चौंका पुराई .....
Image
पीहू को जन्मदिन की हार्दिक शुभकामनाएं
Image
ठाकुर  की रखैल
Image
कोरोना की जंग में वास्तव हीरो  हैं लैब टेक्नीशियन
Image