भोजपुरी ग़ज़ल


 


 


बाति के मीठ माहुर पिआवल


याद बा तोर छनछन मुआवल


भेंट दिहनीं निकालल करेजा
आगि में ऊ करेजा जरावल


हम त भाई समझि के धधइनीं
तू भुलइलS ना छुरा चलावल


आगि में झोंकि दिहलS ई जिनिगी
आ भुला गइलS पानी गिरावल


साँस टूटल, सनेह सकुचाला
आस के फूल माँटी मिलावल


कौल कइलS छवावे के मड़ई
आ कि मड़ई लहास लहसावल


तीर छाती प जेतना लगल बा
सगरे तहरे त हवे चलावल


हीत हउअ रहS बनि के मीठे
छोड़ि दS अब तू लहरा लगावल


संगीत सुभाष,
गाँव+ पोस्ट- मुसहरी,
जिला- गोपालगंज, बिहार।
पिन- 841426


Popular posts
गाई के गोवरे महादेव अंगना।लिपाई गजमोती आहो महादेव चौंका पुराई .....
Image
अस्त ग्रह बुरा नहीं और वक्री ग्रह उल्टा नहीं : ज्योतिष में वक्री व अस्त ग्रहों के प्रभाव को समझें
Image
दि ग्राम टुडे न्यूज पोर्टल पर लाइव हैं अनिल कुमार दुबे "अंशु"
Image
परिणय दिवस की हार्दिक शुभकामनाएं
Image
दि ग्राम टुडे न्यूज पोर्टल पर लाइव हैं लखीमपुर से कवि गोविंद कुमार गुप्ता
Image